16.10.08

चलनी के चालल दुल्हा

बिहार के एगो पारम्परिक गीत ह "चलनी के चालल दुलहा सुप के पछोरल हे..... माने अईसन दुल्हा जेकरा में कउनो दोष, कउनो अवगुन नईखे। एही पारम्परिक गीत के शुरुआती लाइन "चलनी के चालल दुल्हा" के अपना फिलिम के शीर्षक बनाके साई इन्टरटेनमेन्ट आ निरहुआ इन्टरटेनमेन्ट एगो दमदार कहनी के जरिये भोजपुरी फिलिम जगत में धमाका करे के तइयारी में बा। जेकर निर्देशक अजय सिन्हा बाड़न।
एह फिलिम के कहानी जवना हिसाब से दिनेश लाल यादव हमरा के सुनउलन ओकरा आधार पर हम कह सकऽतानी कि ई फिलिम परिवार के साथे देखला में मजा आई। दिनेश लाल इहो बतउलन कि एह फिलिम से भोजपुरी फिलिम जगत में दुगो नवका कलाकारन प्रवेश लाल यादव आ शुभा शर्मा के दाखिला हो रहल बा।
अबहीं फिलिम के शूटिंग पंचगनी में भइल ह बाकिर एक दु दिन में पुरा युनिट शूटिंग ला आजमगढ़ जाई। अपना रोल से खुश प्रवेश लाल यादव के कहनाम बा कि एगो अभिनेता के रुप में ई हमार पहिलका फिलिम ह आ हम बहुते भागशाली बानी कि हमरा पहिलके फिलिम में कलरफुल रोल मिलल बा।
साई इन्टरटेनमेन्ट आ निरहुआ इन्टरटेनमेन्ट के बइनर में बनि रहल एह फिलिम के निरमाता अजय सिन्हा आ दिनेश लाल यादव बाड़न। फिलिम के कहानी आ पटकथा लीला सिन्हा के संवाद अजय सिन्हा आ निलय उपाध्याय के लिखल ह। कलाकारन में अभिनेता प्रवेश लाल यादव आ अभिनेत्री शुभा शर्मा के अलावे मनोज टाईगर, संतोष श्रीवास्तव, विदिशा बनर्जी, मानवेन्द्र आ अजय सिन्हा बाड़न। फिलिम में सुपरस्टार दिनेश लाल यादव "निरहुआ" आ अभिनेत्री पाखी के भी मउजुदगी बा। "चलनी के चालल दुल्हा" के गीतकार प्रवेश लाल यादव, श्याम देहाती आ अशोक सिन्हा, स्टंट निर्देशक आर।पी. यादव, कला निर्देशक शम्मी तिवारी, डांस निर्देशक कानू मुकर्जी, कैमरामैन मनीष के व्यास आ प्रचारक अशोक भाटिया बाड़न।

भोजपुरी संसार से साभार

0 Comments: